पतहर

पतहर

मोती बीए : स्मृति शेष

 मोती बीए :स्मृति शेष 


जन्मतिथि -1 अगस्त 1919

पुण्यतिथि -18 जनवरी 2009


आखर परिवार , महान भोजपुरिया साहित्यकार, स्वतंत्रता सेनानी , गीतकार आ अध्यापक, मोती बीए जी के पुण्यतिथि प बेर बेर नमन क रहल बा श्रद्धांजलि दे रहल बा.  



जय जय भोजपुरिया माई

तोहरे खातिर गीत गवाई

तोहरे खातिर समर लिआई

कइसन होई भोजपुरिया ऊ

जे ना तोहके माथ नवाई

जय जय भोजपुरिया माई

जय जय भोजपुरिया माई


- मोती बीए 


आज महान भोजपुरिया , हिन्दी आ भोजपुरी के गीतकार साहित्यकार शिक्षक मोती बीए जी के पुण्यतिथि ह । हिंदी फिल्म ' नदिया के पार ' के गीतन के गीतकार , भोजपुरी क्षेत्र से हिन्दी फिल्म इंडस्ट्री के पहिला गीतकार ( 1946 ) रहनी मोतीबीए जी । 


कालिदास के महत्वपुर्ण रचना मेघदुत के भोजपुरी अनुवाद कइले बानी , शेक्सपियर के ' सानेट' आ अब्राहम लिंकन के जीवनी के भोजपुरी अनुवाद कइले बानी ।  1942 से 1952 के बीच तकरीबन 80 से बेसी फिल्म के गीत लिखले रहनी आ अधिकतर गीतन के तजुर्मा आ ओकर बेस भोजपुरी रहे । 


मोतीलाल उपाध्याय से मोती बीए के सफर बहुत रोमांचक आ दृढ निश्चय वाला व्यक्तित्व के रहल बा ।  विद्यार्थी जीवन से साहित्य में रुचि फेरु , स्वतंत्रता सेनानी , अध्यापक , गीतकार , साहित्यकार , रचनाकार , प्रधानाध्यापक , अनुवादक यानि कि अनेकन रोल आ रियल जिनगी के रोल निबहले बानी मोती बीए जी ।  बरेजी गांव के एह शिक्षक के 1980 में राज्यपाल के हाँथे सर्वश्रेष्ठ शिक्षक आ 2001 में राष्ट्रपति के हाँथे साहित्य अकादमी पुरस्कार मिले के गौरव मिल चुकल बा । 


1943 में अंग्रेज सरकार इहाँ के जेल में बंद कइले रहे । देस के आजादी से ले के , देस के भविष्य निर्माण, मनोरंजन , साहित्य यानि कि लगभग हर क्षेत्र में मोती बी ए जी अपना समय से दू डेग रहनी । 


आखर परिवार अपना एह साहित्यिक सांस्कृतिक नायक के, स्वतंत्रता सेनानी के बेर बेर नमन क रहल बा। 


इहां के लिखल 6 गो किताब भोजपुरी साहित्यांगन से आ इहां के लिखल कुछ 16 गो रचना - 


भोजपुरी किताब - 


1- तुलसी रसायन 

लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2018/10/Tulasi-Rasayan.pdf


2- सानेट 

लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2021/04/Bhojpuri-Sonet.pdf


3- भोजपुरी फिल्मी गीत 

लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2021/04/Bhojpuri-Filmi-Geet.pdf


4- सेमर के फूल 

लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2021/04/Semar-Ke-Phul.pdf


5- अब्राहम लिंकन 

लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2021/02/Abraham%20Linkan.pdf


6- कालिदास कृत मेघदूत ( भोजपुरी पद्यानुवाद) 

लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2020/04/Meghdoot.pdf

(साभार) 


Post a Comment

0 Comments