मोती बीए :स्मृति शेष
जन्मतिथि -1 अगस्त 1919
पुण्यतिथि -18 जनवरी 2009
आखर परिवार , महान भोजपुरिया साहित्यकार, स्वतंत्रता सेनानी , गीतकार आ अध्यापक, मोती बीए जी के पुण्यतिथि प बेर बेर नमन क रहल बा श्रद्धांजलि दे रहल बा.
जय जय भोजपुरिया माई
तोहरे खातिर गीत गवाई
तोहरे खातिर समर लिआई
कइसन होई भोजपुरिया ऊ
जे ना तोहके माथ नवाई
जय जय भोजपुरिया माई
जय जय भोजपुरिया माई
- मोती बीए
आज महान भोजपुरिया , हिन्दी आ भोजपुरी के गीतकार साहित्यकार शिक्षक मोती बीए जी के पुण्यतिथि ह । हिंदी फिल्म ' नदिया के पार ' के गीतन के गीतकार , भोजपुरी क्षेत्र से हिन्दी फिल्म इंडस्ट्री के पहिला गीतकार ( 1946 ) रहनी मोतीबीए जी ।
कालिदास के महत्वपुर्ण रचना मेघदुत के भोजपुरी अनुवाद कइले बानी , शेक्सपियर के ' सानेट' आ अब्राहम लिंकन के जीवनी के भोजपुरी अनुवाद कइले बानी । 1942 से 1952 के बीच तकरीबन 80 से बेसी फिल्म के गीत लिखले रहनी आ अधिकतर गीतन के तजुर्मा आ ओकर बेस भोजपुरी रहे ।
मोतीलाल उपाध्याय से मोती बीए के सफर बहुत रोमांचक आ दृढ निश्चय वाला व्यक्तित्व के रहल बा । विद्यार्थी जीवन से साहित्य में रुचि फेरु , स्वतंत्रता सेनानी , अध्यापक , गीतकार , साहित्यकार , रचनाकार , प्रधानाध्यापक , अनुवादक यानि कि अनेकन रोल आ रियल जिनगी के रोल निबहले बानी मोती बीए जी । बरेजी गांव के एह शिक्षक के 1980 में राज्यपाल के हाँथे सर्वश्रेष्ठ शिक्षक आ 2001 में राष्ट्रपति के हाँथे साहित्य अकादमी पुरस्कार मिले के गौरव मिल चुकल बा ।
1943 में अंग्रेज सरकार इहाँ के जेल में बंद कइले रहे । देस के आजादी से ले के , देस के भविष्य निर्माण, मनोरंजन , साहित्य यानि कि लगभग हर क्षेत्र में मोती बी ए जी अपना समय से दू डेग रहनी ।
आखर परिवार अपना एह साहित्यिक सांस्कृतिक नायक के, स्वतंत्रता सेनानी के बेर बेर नमन क रहल बा।
इहां के लिखल 6 गो किताब भोजपुरी साहित्यांगन से आ इहां के लिखल कुछ 16 गो रचना -
भोजपुरी किताब -
1- तुलसी रसायन
लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2018/10/Tulasi-Rasayan.pdf
2- सानेट
लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2021/04/Bhojpuri-Sonet.pdf
3- भोजपुरी फिल्मी गीत
लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2021/04/Bhojpuri-Filmi-Geet.pdf
4- सेमर के फूल
लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2021/04/Semar-Ke-Phul.pdf
5- अब्राहम लिंकन
लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2021/02/Abraham%20Linkan.pdf
6- कालिदास कृत मेघदूत ( भोजपुरी पद्यानुवाद)
लिंक - https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2020/04/Meghdoot.pdf
(साभार)
0 Comments